रविवार, 2 अक्तूबर 2016

लालबहादुर शास्त्री

आज बताएब हम की कइसन रहलें लालबहादुर
आजादी की खातिर सुनि लs रहलें बहुते आतुर
अईसन रहलें लाल बहादुर

पाक  के सबक सिखवलें
सब किसानन के जगवलें
दिहलें दुश्मन के भगाई
सहलें तनिको ना बरिआई
कइलें भारत के ऊँचा खूब भाल ए बाबू
अईसन गुदड़ी के रहलें ऊ त लाल ए बाबू

छोटहन भले देहिं के रहलें
बाकी कुछुओ गलत ना सहलें
ऊँचा सदा शान के रखलें
देश के एक बान्हि के रखलें
सत्य अहिंसा के बनाके रखलें ढाल ए बाबू
अईसन गुदड़ी के रहलें ऊ त लाल ए बाबू

दुश्मन खातिर ऊ त रहलें एगो काल ए बाबू
अईसन गुदड़ी के रहलें ऊ त लाल ए बाबू।

~लोकेन्द्र मणि मिश्र "दीपक"

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें