रविवार, 21 फ़रवरी 2016

जय भोजपुरी

हर सरकार कुछ अच्छा काम करेले आ कुछ गलतियो करेले । वर्तमान सरकार भी भुत कुछ कईलस जईसे स्वच्छ भारत अभियान, डिजिटल इण्डिया , विदेश से निवेश मिलल बाकी कुछ मामला में सरकार फेल भईल।

भोजपुरी के ओकर सम्मान ना मिलल अभी ले जबकि ई सरकार के वादा रहे। आज मातृभाषा दिवस पर हम सरकार के आ सब लोग के भोजपुरी के  उचित सम्मान देवे के अनुरोध कर तानी।

मोदी जी अब त ना सहले सहाई
जो अच्छा दिन आई त कब तक ले आई

जहां देखी उंहवे मचल मारा मारी
भईल बाघ गीदड़ में अब पकिया यारी
जँहा देखी उंहवे बा चोरी चमारी
ना रउआ सम्हारब त के ई सम्हारी

मोदी जी अब त ना ...........

डॉलर के आगे रोव तावे रुपया
दिने दिन देखी गिर तावे रुपया
गरीबन के हाथ से फिसलता रुपया
अमीरन से जा जा के चिपकता रुपया।

मोदी जी अब त ना .............

कालाधन रउआ त अवते मंगवनी
पनरह लाख खाता में तुरते पठवनी
भोजपुरियन के खूबे रउआ ठगनी
अनुसूची में भोजपुरी के रखनी

मोदी जी अब त ना ...........

कर तानी भारत के डिजिटल बा अच्छा
बढ़ता निवेश अउरी कैपिटल बा अच्छा
बनाई नया हॉस्पिटल बा अच्छा
किसानन के बाकि ना झीटल बा अच्छा

मोदी जी अब त ना .......

बीया खाद के बाटे कालाबाजारी
किसानन के हक़ बा तवन मत मारी
कही निति उल्टा न पड़ जाए सारी
मोदी जी हालत बा बदतर सम्हारी

मोदी जी अब त ना .....

खा खा के बसिया जीय ताटे केहू
फाटल लुगरिया सीयs   ताटे केहू
नाला के पानी पीयs ताटे केहू
बिना घर दुआरे रहs ताटे केहू

मोदी जी अब त ना ......

नेतन के काला कमाई के रोकीं
मार्केट में फ़र्ज़ी दवाई के रोकीं
होता हंसाई हंसाई के रोकीं
संसद में होता लड़ाई के रोकी

मोदी जी अब त ना ...........

आशा बा रउआ त अब ध्यान देहब
भोजपुरी के ओकर सम्मान देहब
भारत के फेर ओकर पहिचान देहब
बेरोजगारी के भत्ता ना चाही इ वादा करी रउआ अब काम देहब

अगर देर करब त अब ना सहाई
मोदी जी अच्छा दिन कब तक ले आई

©®लोकेन्द्र मणि मिश्र "दीपक"
09169041691

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें