रविवार, 15 मई 2016

जय समाजवाद

एगो दिन उहो रहे जब हाइस्कूल की परीक्षा में पूरा मालवीया कॉलेज से Santosh Mishra भईया फर्स्ट आइल रहने आ दू जाना थर्ड रहे लोग आ बाकी सब फेल । आ आज ओही मालवीया कॉलेज से सब लईका फस्ट आइल बाने सन। आ आन्हर लोग के यूपी में विकास नइखे लउकत । अरे आँख चियार के देखs लोग  जवन लइका लइकनी किताब ना देखले रहने ह सन उहो पास हो गइने सन।  2017 विधानसभा चुनाव के स्लोगन बा #कहो दिल से अखिलेश फिर से। सब छात्र कहिहs सन काहे की 2018 में इंटर में फर्स्ट ले आवे के बा। शिक्षा के मामला में हमरा एगो फेर स्लोगन ईयाद आ गईल #पुरे_हुए_वादे_अब_हैं_नए_इरादे।  असल में इहे त ह समाजवाद सबके बराबरी के मौका मिले के चाही त जब सभे पास होइ तबे नु सबके मौका मिली। सुविधा शुल्क लाइए मनचाहा रिजल्ट पाइए। सबसे ख़ास बात ई सब मार्कशीट डिग्रीवाल से अटेस्ट भी ना करावे के पड़ी काहे की उ पहिलही से अटेस्टेड रही।बधाई जे जे पास भईल आ जे जे का लगभग सभे पासे बा
जय समाजवाद
जय अकलेस्स

~लोकेन्द्र मणि मिश्र "दीपक"
lokendradeepak.blogspot.com

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें